Janta Ki Awaz
भोजपुरी कहानिया

कपारे प बहारन फेंके वाली भउजी लो के गोड़ लागि के बधाई

कपारे प बहारन फेंके वाली भउजी लो के गोड़ लागि के बधाई
X
आजु स्वच्छता दिवस ह...! हम ऊँचा ऊँचा फ्लैट के खिड़की से कपारे प बहारन फेंके वाली भउजी लो के गोड़ लागि के बधाई देबे चाहत बानी | एक हाली हाबड़ा स्टेशन प हबड़ाईल हम डस्टबिन खोजत रहनीं ..आइसक्रीम वाला लकड़ी ..काठी फेंके के रहे ...दूगो सात फुट लमहर लइकी ..जर्मन ...पीछे से पूछली स कि ..एक्सक्यूज मी सर ..इज देअर एनी डस्टबिन ... उहनी के नारंगी के छिलका फेंके के रहे .....ई 98 के बात ह |
त बहुत खोज के ना मिलल कूड़ादान आ ऊ पालीथीन में डाल के बैग में राखि लिहली स | हमहूँ काठी लेके ट्रेन में बइठनी ...बाद में खिड़की से फेकाइल | जाड़ा के शुरुआत रहे ...ओइजुगे हम देखनी कि एगो परिवार ऊखि चिभि के ओकर छिलका आ गाला के गाला लगवले रहे |
वेद प्रकाश मिश्रा

ऊ जर्मन लइकिन के चलते आजुओ हमरा पाकिट में चिमकी में कुछ कचरा मिल जाला...जहाँ कूड़ा दान करे के सौभाग्य ना मिले ...त ऊ निपटान होखे तक संगे रहेला | ऊ जरमन लइकी 'गिरल' फ्रेन्ड बनावे लाएक रहली स बाकिर हाइट हमार पाँच फुट नवे इंच रहे | सफाई के ममिला में देश के हाइट छोट बा | ऊपर से भउजी लोग ..कचरा डाल देता |....कहीं देवर अंगरेजिन संगे भाग गइल त !!? गंदा रही त पसSन ना करिहेंस अंगरेजिनिया !!!
Next Story
Share it