सोनुआँ.. तोरा साहेब से एतना डर काहें..?

Update: 2017-09-22 04:15 GMT
साहब के अँखिया बा गोल गोल
उनकर हिन्दी के नालेज भी गोल गोल।

तू डर डर के फाईल त मत खोल..
अपना मनवाँ के बतिया त बोल् बोल् ।

साहेब के लगे सियार बा..c.R.
ओकर सियरे प पूरा अधिकार बा..🤔

ओमें अकबक कुछऊ ऊ डाली।
आ नशा में..सीना फुला ली..।

कलजुग मे अइसन भी होला..
जब निलका सियार बकलोला

बनके राजा...सिहासन प डोला.
हर बाते प हुँआ हुँआ बोला।।

सोनू....

देखss कइसन जमाना ई आइल
सियार लिखे ...सिंह के फाईल !!

मये बाघ करें ओकर चपलूसी..
सियरिनिया के नाम बाटे लूसी..।

जाए द कुछू...बा यू सी..। you see!
चलते बा चले द..चप चपलूसी।..

रे...सोनुआँ...😎


वेद प्रकाश मिश्रा

Similar News

गुलाब!