शिकारी बदलल बा , शिकार बदलल बा ,
नियत नईखे बदलल , ना हथियार बदलल बा | १ |
सुराज के हाला , दलाल भईल थाना ,
दरोगा नईखे बदलल , ना थानेदार बदलल बा | २ |
खूनी भईल चुनरी , चादर मे असलहा ,
मंदिर नईखे बदलल , ना मजार बदलल बा | ३ |
जर गईल दुलहिन , जोड़ा लाल भईल ,
दहेजलोभी नईखे बदलल , ना संसार बदलल बा | ४ |
बाढ़ भा सुखार , मरत बावे किसान ,
नीति नईखे बदलल , ना सरकार बदलल बा | ५ |
जनता के धन , राजा बनल पवरिया ,
नेता नईखे बदलल , ना दरबार बदलल बा | ६ |
जेल से खेल , खेलत बा मेठवा ,
ना खूनी बदलल बा , ना कारागार बदलल बा | ७ |
जिनगी के जियल , दूभर भईल बबलू ,
मंजिल नईखे बदलल , ना दरकार बदलल बा | ८ |
सुधीर पाण्डेय