आजु का भइल बा ए देवता..

Update: 2017-07-18 11:36 GMT
भिनुसार के दस बजे ले जब बिना कवनो रोक टोक के अंघी पूरा कइला के बाद नवीन तिवारी के अंघी खुलल त बेचारु भकुआ गइलें। लगलें सोचे कि आहि रे बरम बाबा, ई आजु का हो गइल बा। बारह बज गइल बाकिर आजु एह बेरा ले ना केहू हमार टंगड़ी खिचल, ना दु-चार ताल आल्हा के भइल, ना मुड़ी पर एको लोटा पानी गिरल, ई आज का हो गइल ए तेलहवा बाबा... अउरी दिने अगर बिहाने जागे में तनिको अबेर हो जॉव त मलिकाइन ध के टंगड़ी खीच देली, ओहू से ना होखो त दू लोटा पानी मुड़ी पर गिरा के ताहि ना मंगलाचरण सुनावेली जे डरे करेज कांपे लागेला। आजु का भइल बा ए देवता.. 
जइसे एगो गरीब आपना मुखिया के लगे बिरधा पिनसिम बनवाए खातिर जाये के बेरा थर थर काँपेला, जइसे क्रिमनल के देख के सिपाही काँपेला, आ जइसे निगरानी बिभाग के डरे एगो घूसखोर क्लर्क काँपेला, ओइसहीं डरे कांपत जा के नवीन बाबा मलिकाइन के गोड़ छु के गोड़ लगनीं, त आशीर्वाद मिलल- तहार सोहाग बनल रहो।
डेरात डेरात नवीन बाबा मलकिनी के मुह कावर देखनी त ओहिजा खीस के नाम ना रहे। उनका मुह पर ख़ुशी ओइसही चमकत रहे जैसे दिल्ली में भाजपा के हारला पर बिहार में नितीश के मुह पर ख़ुशी झलके। नवीन बाबा के करेजा में अभिन कश्मीर नियर ढेला चलते रहे कि मलकिनी मुस्कुरा के कहनी- आज हमरा रउआ के एगो चीन्हा देबे के बा।
नवीन बाबा के करेज कांप गइल। उन्हां का मोन परल जे अबकी घर से दुबई आवत घरी मलकिनी अटइची में दुकाहे खातिर हँसुआ धइले रहली। माथा ठनकल कि आहि रे दादा, कहीं हमके चीन्हा दागे खातिर ही हसुअवा त ना धराइल रहे...
नवीन बाबा एगो ठेंठ भारतीय पति नियर मलकिनी के सोझा आँख बन क के थर थर कांपत रहनी, तले बुझाइल जे केहू अंगूरी में कुछ करs ता। नवीन बाबा घबरा के आँख खोलनी त देखनी जे मलकिनी मुस्किया के अंगूरी में हीरा के अंगूठी पहिरा के कहतारी- हैप्पी बर्थडे डार्लिंग, भगवान राउर बेटा भतार बनवले राखस।
एके बेर भक दे नवीन बाबा के बुद्धि खुल गइल आ सब बात बुझा गइल। भितरे भीतर सोचनी जे धत तेरी के.... हम अनेरे डेरात रहनी ह। आज त पिटाये के कवनो चानस नइखे।
मलकिनी के थैंक्यू कहि के नवीन बाबा ओसारा में निकलनी, आ जूता निकाल के मनोज तिवारी के फोटो पर चार जूता मार के कहनी- लाबरा.... इहो जन्मदिन बीत गइल बाकिर भोजपुरी के मान्यता ना मिलल... अच्छा तू भेटा जा कहियो.....
हमरो कावर से नवीन भइया के हैप्पी बड्डे.....
भगवान बनवले राखस 


मोतीझील

Similar News

गुलाब!