"बे आजी,तू त बेज्जती करईबू,कबे से सिखावअ तानी कि सहेली हमार बोलिहें स 'हैप्पी होली' त बोल दिहअ 'सेम टू यू',

Update: 2017-07-15 07:37 GMT
"बे आजी,तू त बेज्जती करईबू,कबे से सिखावअ तानी कि सहेली हमार बोलिहें स 'हैप्पी होली' त बोल दिहअ 'सेम टू यू',
बोलअ त एक हाली" -बुचिया सिखईलस
'सोम टू उ'-आजी बोलली
'सोम टू उ' ना 'सेम टू यू'-बुचिया फेन सिखवलस
'सोम टू यू' -आजी अपना जाने में फेन से ठीक बोलली
'टू यू' त ठीक बोल ले तारु लेकिन 'सेम' सही से नईखू बोलत-बुचिया अंउजा के बोललस।
रुक जो बूची हम उपाय करतानी सिखावे के,ओसारा के बहरी देखअ आजी,हउ कथी के फेंण ह?-छोटका पुछ्लस
'सेम के' -आजी बतईली
बस ठीक बा,ओहनी के बोलिहन सन की 'हैप्पी होली' त बहरी देख लिहअ कथी के फेड ह आ फेन ओमे 'टू यू' जोड़ दिहअ।मान ल हम बुचिया के सहेली हईं आ बोलअ तानी 'हैप्पी होली आजी' त का बोलबू' -छोटका पुछ्लस
आजी पाहिले बहरी देखली ओईजा सेम के फेण लउकल,सेम के फेण देख के आजी बोलली -'सेम टू यू' 
एतना सुन के बुचिया खूब खुश भईल आ बार बार उहे राटवावे लागल,
आजी हर बेर बहरी देखस,आ सेम लउक जाए त देख के बोल देस 'सेम टू यू'
थोड़े देर बाद जब सहेली अईली स त आजी के बात सुनि के मन भर हंसली सन लेकिन बुचिया खूब लजाईल रहे।
सहेलियन के गईला के बाद बुचिया आ छोटका में खूब झोंटाझोंटी आ मारामारी भईल,
माई छोड़ावत छोड़ावत पुछ्लस कि काहें मारअ तारे छोटका के तब बुचिया बतईलस-
'जब सहेली अईली हा स हमार त हई छोटका रेंण के फेंणवा प् से मए सेम उतार देले सिहा,आ जब ओहनी के बोलली हा सन कि 'हैप्पी होली' त आजी बहरी देखली हा आ जवन लउकल हा उहे देख के बोल देली हा -'रेंण टू यू'

आलोक पाण्डेय 
बलिया

Similar News

गुलाब!