Janta Ki Awaz
भोजपुरी कहानिया

मेहरारू के नामे पाती

मेहरारू के  नामे  पाती
X
गोलू के माई के गोड़ लागतानी , उम्मीद बा कि साल भर में पाकल पपीता लेखा पियारा गइल होखबू !!!

हमरा पूरा भरोसा बा कि हमरा भेजल पइसा के तु भूसी लेखा उड़ावत होखबू..... हमार करेजा भलही तहार मुँह लाखी सावंत लेखा बा तबहु हम तहरा के आलिया भट्ट से कम ना बुझेनि ... मेकअप के बाद त तू सक्छात सेरेना विल्लियम्स से मारिया शारापोवा नियन बुझालु ....
खिसिया मत आज हमनी के शादी के 5 बरिस हो गइल .. हमार सौभाग्य बा कि तहरा जइसन कनिया हमरा भेटाइल , ना त चटाई आ लालटेन ले के खोजला से भी तहरा नियर धर्मपत्नी मिलल मुश्किल बा !!!

हम कवना जनम में एतना पुण्य कइले रहनी कि तहरा जइसन अर्धांगनी के हमरा प्राप्ति भइल....
आगे बड़ बड़ परब आवता दुर्गापूजा बा दिवाली बा फेर छठ आई ... मालूम भईल हा कि तू हमरा खातीर करवा चउथ रखे वाला बाड़ू ....
भुलाई के भी अइसन काम मत करिहा !!!!! खूब ठूस ठूस के खा तहरे खाहि खातीर त हम एतना दूर कमाई करे आइल बानी !!!! राती खा स्काइप से वीडियो कॉल करब सज धज के तइयार रहीह..... अब बेसी का बोली हो सके त माई के ख्याल रखिहा...
गोलुआ के दूध के उठवाना करा दिहा ..
अब हमरा बुझाता कि लोग काहे मेहरी के छोड़ के परधान मंतरी, साइंटिस्ट दुका दुका बनि जात बा!!

अपान ख्याल रखिह आ पइसा के तनको चिंता मत करिहा !!!?
तहार हस्बैंड !!!!

बिरजू पांडे


आमोद कुमार गिरी
Next Story
Share it